बिहार के कटिहार में कर्जा से परेशान एगो आदमी फांसी लगा के आत्महत्या क लेले। घटना कटिहार नगर थाना क्षेत्र के बैगना मुहल्ला के ह।
45 साल के उदय चंद्र साह पछिला बहुत साल से चिटफंड कम्पनी खाती एजेन्ट के काम करत रहले ह अवरू लोग के करीब 50 लाख रुपया उ कम्पनी में जमा करवले रहले ह।
एक-एक क के कम्पनी के भगला के बाद लोग के पईसा लवटावे के दबाव उदय प लगातार रहल ह। जवना चलते उ बहुत महीना से दिमागी तौर प बहुत परेशान चलत रहले ह।
चिट फंड कम्पनी के फरार भईला के बाद उदय चंद्र बहुत तनाव में रहले अवरू उनुका से लोग लगातार पईसा लवटावे के मांग करत रहले।
लोग के पईसा लवटावे में समर्थ ना हो पईला के चलते उदय चंद्र मजबूरी में आत्महत्या क लेले। पुलिस लाश के बरामद क लेले बिया अवरू मामला के जांच में जुटल बिया।